दिन भर राजा जी तू काम करेल
रतियो के तनी ना आराम करेल - 2
अतना कमा के बोलs केवना बैंक में धरबs ये राजा....
आरे खईब आ, पियब मोटइबs तबे नू कुछ करब ये राजा - 2
जोरे जाल नईहारवा त लागेला बड़ी लाज
हमारा दोसर मरद के हो तनीको नईखे दाज़
गोर गार रहल तु हो गईल करिया
बुढ नियन् लागता 25 के उमीरिया
कतनो बताई बाकी लगाता ना आदत सुधरबs ये राजा आरे खाईब
आरे खईब आ, पियब मोटइबs तबे नू कुछ करब ये राजा - 2
तोहरे खाके कमाई देवरू पाठा होगोइले
रहन एक लकडी के हाठा काठा हो होगोइले
कही कही बात सुरज भइनी हेहर हो
मेहर के बात तनी कर s केयर हो
शिल्पी के कहल दिमाग मे कब लगइब s ये राजा
आरे खईब आ, पियब मोटइबs तबे नू कुछ करब ये राजा - 2"





